
खोज आऽ खबर करे खबरदार हम्मर हितऊ
—————
✍परमार अखिलेश
—————
⏩दैनिक खोज खबर ब्यूरो,सारण
—————
भोजपुरी व्यंग्य में बतसंग,चायखाना में गप्पास्टिक
‘लबर लबर बक बक जनि करऽ घर पर चहूंपतऽ दारू,
कवन घरे चहुँपावता मारल शिकार हम्म हितऊ।
सारण के बहार दिहलन ग्रेजुएट भोटर भाई राई भई गइले पहाड़ हम्मर हितऊ।
उठल परसुतवा फुआ के भतीजा के हवलदिल भईले,
पप्पू केजरी लालू ममता के चढल बोखार हम्मर हितऊ।
दिहलन’परमार’दवाई हउअन खुदे एक्सपायरी दवाई,
यूपी गोवा मणिपुर उत्तराखंड में मोदी सरकार हम्मर हितऊ।
संझलउका होते मातर दिघवारा टिशन के हाता में बिटेसर के चाऊमिन बर्गर के चिखना पर चाय के चुस्की में ई गीत रेघावत लाली किन्नर गाबरा के पँजेठ के बइठ गइलन। मदन कहलन दारू बंदी कहवां बा?अब तऽ होम डिलिवरी चालू हो गइल। बिजइया के लिट्टी तऽ जामदार साहेब के लालपानी केजरीवाल तरावट बा। हँऽ गरीबन के मुँह में बभनी के अंडा बा।
ताले रवीन्द्र नेता महेश मिसिर बिकास देवेंद्र खमाखम चहुँपलन। चबेना पर चाय के मजा लाहे लाहे लेत यूपी के मुख्यमंत्री के होई?पर बतकही चले लागल । यही बीच बिकास बाढ राहत के नगदी पर नितीश सरकार से लेके अनुमंडल आ जिला प्रमंडल तकले बहिर हाकिमन के हरूस पातर सुनावे लगलन। देवेंद्र कहन’अब आसा पर बतासा फुटल। वीरेन्द्र यादव सब दिअइहन। महेश मिसिर कहलन कहलन’ऊतऽ ग्रेजुएट लोग बदे बेकारी भत्ता के वकालत करिहन। रवीन्द्र बाबू तऽ बिलायती भाषा मे एमए बानी। ईहां के तऽऽऽऽ। रवीन्द्र नेता टोकलन’36बरिस में महाचंद्र बाबू केकरा के दिअउलन हैहऽ? एही बच्चे मोती किन्नर नेताजी के बाँह पकड़ के गावे लगलन ‘हमें तो लूट लिया मिलके खद्दरवालों ने पंजा तीर वालों ने ललटेम वालों ने हऽऽऽहऽ। चायखाना के चउपाल विसर्जन भइल।
😅परमार अखिलेश




Recent Comments