सारण से निर्दलीय प्रत्याशी शिवव्रत का मतदातओं के नाम खुला पत्र : रउरा से निहोरा बा,ईमानदार राजनीति के आपन धरम पूरा करी

छपरा : हम शिवव्रत रउरे सभे के बीच पलल-बढ़ल बानी।जब जवान भईनी त आर्थिक आवश्यक्ता के पूर्ति ला काम करे दिल्ली जाये के पड़ल।बाबू जी एमपी रहनी।बाकिर एगो रहे लायक घरो बनाके ना गईनी।आजो नैनी मे हमार घर ढहत-ढ़िमलात खपड़ा छावल बा।बाकिर पटिदार लोग रहला।कमाएला दिल्ली त चल गईली लेकिन मन में अपना गांव-जवार ला कसक रहल।सोचत रही कि कवन ठोष कदम उठाई कि हमरा साथे जिला के गरीब – गुरबा लोग भी आपना पैर पर खड़ा हो सके।कुछ लईकन के इंजिनियर बनवईनी जे अपना पैर आज खड़ा बाटें।लेकिन आतना से संतोष ना भईल।नौकरी मे रहते दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल के साथे अन्ना आंदोलन में शामिल भईनी,रेल भवन पर धरना देनी।काहेला-त देश में इमानदार राजनीति के शुरूआत करे ला।दुर्भाग्यवश अभी ले बेईमान राजनीति के चमक-धमक बरकरार बा।देश में एनडीए,महागठबंधन, कांग्रेस में केहू एगो के चूने के मजबूरी बा।रूपिया के आगे नोटा के भरपूर जन-समर्थन नईखे मिल पावत जेसे उ आज के डेट में अप्रासंगिक हो गईल बा।
लोकसभा चुनाव २०१९ में विकास के मूद्दा गायब हो गईल बा।नकली राष्ट्रवाद के मूद्दा पर लोग के भ्रमित कईल जाता।लेकिन,हमार मूद्दा समाजवाद आउर विकास बा।हम जीतब त दिल्ली के तर्ज पर जिला के सरकारी आ प्राईवेट स्कूल आ होस्पीटल बनवायेब।बेरोजगारी दूर करेला कल-कारखाना लगवावे के प्रयास होई।जनता तय करी कि फंड के पईसा कहां खर्च होई।खेती-किसानी ला उपयुक्त माहौल बनावल जाई।ब्लाक आ जिला कार्यालय में दलाली प्रथा के खतम करेला दिल्ली सरकार के कानून लागू करावल जाई।साहेब लोग के हेंकड़ी रउरा सहयोग से गायब कराईब।लेकिन ई काम बिना रउरा सहयोग के ना होई।
एसे रउरा सभे से करबद्ध प्राथर्ना बा कि छह मई २०१९ के सुबह ०८बजे से आपना -आपना मतदान केन्द्र पर जाके ईबीएम के १२वें नंबर पर ट्रैक्टर चलावत किसान छाप पर बटन दबाके खूद जीती आ एह जिला के आम आदमी के जिताई।
राउर आपन
शिवव्रत
निर्दलीय प्रत्यासी, सारण लोकसभा निर्वाचन क्षेत्र




Recent Comments